मंगलवार, 8 मई 2012

गीत-मधेश

गीत-मधेश
नाही चाही थरुहट अबध नाही भोजपुरा मिथिला
नाही चाही पंडित मोलबी नाही महंथ मुला
चाहे जनकपुरिया हौए चाहे भोजपुरिया
मधेश माई के बेटा बानी हम सभ मधेसिया-2

हम मधेशी बेटा बानी मधेश माई के
सुख नाही पईब कोई बाईट मधेश माई के
चाहे सिरहा मिर्चैया हौए चाहे कैलाली अतरिया
मधेश माई के बेटा बानी हम सभ मधेसिया -2

बन्ह्की पडल बाटे भैया मधेश माई हो
माई के मुक्ति खातिर एकजुट होजा भाई हो
चाहे बाँके बर्दिया हौए चाहे मोरंग सुन्सरिया
मधेश माई के बेटा बानी हम सभ मधेसिया -2

मेची से महाकाली तक हौए हमार मधेश माई
हिन्दू मुश्लिम सिख थारू हम सब बानी भाई
एक मधेश बनजाई दूर होजाई विपतिया
मधेश माई के बेटा बानी हम सभ मधेसिया -2

नाही जातपात हमार नाही मजहब धर्म
मधेश मुक्ति कर्म हमार मधेशी एकता धर्म
एक मधेश एक प्रदेश बनी मुक्ति भेटी तहिया
मधेश माई के बेटा बानी हम सभ मधेसिया -2
रचनाकार :-प्रभात राय भट्ट

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

b